Your Ad Here

Only purpose is to make better films : says Babloo Soni

One of the youg film directors of Bhojpuri Films, Babloo Soni, is also known as good director. Babloo is recently in the news for his much talked about film Bihari Mafia.

Babloo Soni : Director of Bihari Mafia

Babloo soni was the Associate Director of Kab hoi Gavanva Humaar which had won the National Award. His previous film Banke Bihari MLA too was a superhit. Recently we interviewed Babloo Soni and it is given below.

Babloo Soni told that after the success of Banke Bihari MLA many producers contacted him but as he prefers freedom for direction he avoided those offers which seemed to be taking benefit of his success. In the meantime while working on a film project on Mafia and Bahubali politicians he came across a fact that the general public is unaware of many facets of these mafia. When he narrated the story to Ravi Kishan he decided to produce a film on the story. Though many films are being produced nowadays on life and story of Mafia politicians, Bihari Mafia is distinctly different from these trendy films. Ravi Kishan and his associate producer Baba Films have very long experience of films and they have given their best to this film.

Talking about the main artists of the film he had praise for Bhojpuri Super Star RaviKishan and Super Actress of Oriya Cinema Namrata Thapa. He further said that nearly all the actors of the film are attached to Theatre and National School of Drama and these actors know how to enliven their characters.

He has two film projects under research stage at present. One of these too will be produced by Ravi Kishan again.

Source: Uday Bhagat, Mumbai. Ph. : 09967485359

बढ़िया फिलिम बनावले मकसद बा, कहलन बबलू सोनी

भोजपुरी सिनेमा के नवजवान निर्देशकन में बढ़िया गिनाये वाला बबलू सोनू आजुकाल्हु अपना बहुचर्चित फिलिम बिहारी माफिया के लेके चरचा में बाड़न. राष्ट्रीय पुरस्कार प्राप्त फिलिम कब होई गवना हमार में सहयोगी निर्देशक रहल बबलू सोनी के पिछलको फिलिम बांके बिहारी एमएलए सुपरहिट साबित भईल रहे. अब बिहारी माफियो से बबलू सोनी खूबे उत्साह में बाड़े. पिछला दिने बबलू सोनी से बात भईल रहे. ओहि बातचीत के कुछ बात एहिजा दिहल जा रहल बा :

बहुत दिन का बाद राउर कवनो फिलिम आ रहल बा. का वजह बा एकर ?

फिलिम बनावल आसान बा बाकिर बढ़िया फिलिम बनावे में समय लागेला. आ हम तादाद से अधिका गुणवत्ता में भरोसा राखीले. बांके बिहारी के सफलता का बाद बहुते निर्माता लोग हमरा से संपर्क कइलस बाकिर हमरा लागल कि लोग बहत गंगा में हाथ धोवल चाहत बा. चहतीं त कई गो फिलिम सकार लिहले रहतीं बाकिर फिलिम बनावे में समझौता ना चले. निर्देशक के पूरा छूट मिलही के चाहीं.

बिहारी माफिया कइसे मिलल ?

बिहारी माफिया के कहानी त हमरे लिखल हऽ. अपना शहर पटना में बईठ के हम बहुते दबंग राजनेता आ माफिया पर रिसर्च कईनी त एगो रोचक बात सामने आईल. आम आदमी माफिया आ दबंग राजनेता लोग के जीवन के कुछ पहलू से एकदमे अनजान बा. से हम ओहि लोग के कहानी के रुप दे दिहनी आ भोजपुरी के सुपर स्टार रविकिशन के कहानी सुनवनी. उनुका कहानी बहुते नीक लागल आ बिहारी माफिया बनल शुरु हो गईल.

एहघरी त माफियावन का कहानी पर ढेरे फिलिम बनत बाड़ी सन. रउरा फिलिम के का खासियत बा ?

अब अपना मुँह से अपना फिलिम के तारीफ त ना कईल चाहेम बाकिर एक बात जरुर कहेम कि रविकिशन फिल्म निर्माण का क्षेत्र में डेग धइले बाड़न आ सहयोगी निर्माता बाबा फिल्म्स बावे. दुनू के फिलिमन के लमहर अनुभव बा आ एह फिलिम में ऊ अनुभव नजर आवत बा. रवि किशन अपनहीं एह फिलिम के क्रियेटिव हेड रहलन आ अपना सौ फिलिमन के अनुभव एह फिलिम में झोंक दिहले बाड़े. अतने ना संपादनो पर बारिकी से नजर दिहले बाड़न. परिणाम जल्दिये रउरा सभ का सोझा होखी.

कलाकारन का चयन में का नजरिया रहे राउर ?

रउरा मालूमे बा कि रविकिशन केंद्रीय भूमिका में बाड़े आ उनका सामने उड़िया फिलिमन के सुपरहिट नायिका नम्रता थापा बाड़ी. एकरा अलावे बिहारी माफिया के सगरी कलाकार रंगमंच आ एनएसडी से जुड़ल बाड़े जिनका अपना किरदार के जिये आवे ला. ब्रजेश त्रिपाठी, बल्लभव्यास, अवधेश मिश्रा, शैलेन्द्र श्रीवास्तव, आ सिकन्दर वगैरह लोग अपना किरदार में जान डाल दिहले बा.

राउर दोसर कवन फिलिम आवे वाली बाड़ी सन ?

अबहीं त दू गो पर रिसर्च वर्क चल रहल बा. एगो के निर्माण त रवि किशन खुदे करे जा रहल बाड़न. ओकर कवनो चरचा कइल फिलहाल जल्दिबाजी होखी.

स्रोत : उदय भगत, मुंबई. फोन 09967485359