Chunmun Pandit becomes Director
Hindi film industry has a successful history and tradition of writers growing as directors and the best example is Gulzar, who is a very successful director and is being acclaimed the world over for his Jai Ho as well !
Now Chunmun Pandit is doing the same in Bhojpuri Cinema. Better known as a writer after "Lal Chunariya", Chunmun Pandit has now decided to don the Directors cap for "Lagal Anchra Me Daag" a film produced by Sanjay Kumar Verma.
Chunmun Pandit told that the film is a social drama which is full of action as well. He believes in good locations for the film so that the viewers have a feeling of their native surroundings common in Bhojpuri region and not putting up an artificial location which looks like a patch work.
Forthcoming films by Chunmun Pandit are "Pyar Piya ke Basal Jiya Me", "Lakhera", and "Wah Jijaji". He is also doing a Hindi film "Great Daddu"
Source : Samarjeet,Mumbai. Ph. 09323296795
चुनमुन पंडित लेखक से निर्देशक बनलन
हिन्दी फिल्मी लेखकन के एगो निमन इतिहास आ परंपरा रहल बा आगा चल के निर्देशक बन जाये के. गुलजार साहब, जिनकर आज चारो ओर जय हो रहल बा, फिल्म लेखक से बड़ निर्देशक रहल बाड़न. अब भोजपुरी फिलिमन के पापुलर लेखक का रुप में जानल जाये वाला चुनमुन पंडित अब निर्देशन के कमान थाम लिहले बाड़न.
निर्माता संजय कुमार वर्मा के भोजपुरी फिलिम "लागल अँचरा में दाग" के निर्देशन चुनमुन पंडित कर रहल बाड़न आ काम करीब करीब आधा होईयो गईल बा. बकौल चुनमुन पंडित ई फिलिम एगो सोशल ड्रामा हऽ जवना में एक्शनो बहुत बा. कहलन कि शूटिंग में एह बात के खास धेयान राखल गईल बा कि कथा दृश्य पूरा तरह भोजपुरी जिला जवार के लागे ना कि कवनो दोसरा जगह के थोपल.
लाल चुनरिया से आपन पहिचान बनाये वाला चुनमुन पंडित के आवे वाली फिलिम बाड़ी सन, प्यार पिया के बसल जिया में, लखेड़ा, वाह जीजाजी.एकरा अलावा एगो हिन्दीओ फिलिम बा ग्रेट दद्दू.
स्रोत : समरजीत, मुंबई. फोन 09323296795
