Dulha Albela arrives at Mumbai

After winning the heart of cinegoers in Bihar Dulha Albela has now arrived at Mumbai. Lead pair of the film is of handsome hero Vikrant and beautiful actress Monalisa. And this pair reminds us of Shahid Kapoor-Amrita Rao of Vivah, Sachin-Sadhna Singh of Nadia Ke Paar, and Sharukh Khan-Kajol of Dilwale Dulhiniya Le Jayenge.
Film is produced by Ashok Kotwani under the banner of Ank Media Pvt. Ltd. whose earlier film Nirahua Rickshawala is still fresh in the mind of Bhojpuria cinegoers.
Stars of the film are : Vikrant, Monalisa, Sushil Singh, Prakash Jais, Priya Sharma, Mehnaz, Ayaz Khan, Maya Yadav, and Prithvi Singh.
Executive Producer : Sanjeev Sharma
Lyrics : Shyam Dehati
Music : Rajesh Rajnish
Dialogues : Surendra Mishra
Vikrant Singh is happy that this film has helped him to be credited in a particular niche as he wants to prove himself as a versatile and total actor.
Source: Uday Bhagat, Mumbai. Ph. : 9967485359
मुंबई चहुँपले दुल्हा अलबेला
चाकलेटी अभिनेता विक्रांत सिंह आ खुबसूरत अदाकारा मोनालिसा के रोमांटिक जोड़ी से सजल निर्देशक केडी के भोजपुरी फिलिम दुल्हा अलबेला बिहार में बहार देखा के अब मुंबई चहुँप गइल बा.
अंकमीडिया प्रा.लि. के पिछलकी फिलिम निरहुआ रिक्शावाला के खुमार दर्शकन का दिमाग पर से अबहीं उतरल नइखे तबले ओकर इ नयकी फिलिम आ गइल बा.
निखिल इंटरटेंमेंट के फिलिम मुन्ना बजरंगी में एक्शन स्टार का रुप में कमाल देखवला का बाद विक्रांत सिहं एह फिलिम में अपना रोमांटिक अदाकारी के कमाल देखवले बाड़न. एह फिलिम में विक्रांत मोनालिसा के जोड़ी देख के उहे लागत बा जइसन विवाह में शाहिद कपूड़ अमृता राव के जोड़ी, नदिया के पार में सचिन साधना के जोड़ी, आ दिलवाले दुलहिनिया ले जायेगें में शाहरुख काजोल के जोड़ी देख के लागल रहे.
मुंबई में एही हफ्ता रिलीज भईल दुल्हा अलबेला में विक्रांत मोनालिसा के साथ साथ सुशील सिंह, प्रकाश जैस, प्रिया शर्मा, मेहनाज, अयाज खान, माया यादव आ पृथ्वी सिहं खास किरदार में बा लोग. निर्माता अशोक कोटवानी. कार्यकारी निर्माता संजीव शर्मा, गीतकार श्याम देहाती. संगीतकार राजेश रजनीश. संवाद लेखक सुरेन्द्र मिश्रा. बिहार में इ फिलिम छठ का टाइम पर रिलीज कइल गइल रहे आ मुंबइ में फगुआ का सीजन में रिलीज हो रहल बा.
विक्रांत सिंह एह फिलिम से खास कर के एह बाति खातिर खुश बाड़न कि ऊ कवनो एगो इमेज में बन्हाइल ना रह गइलन आ संपूर्ण अभिनेता कहलाये के उनकर अरमान पूरा हो के रही.
