Life story of a step mother
Step mothers have a negative image since long but as like all other things she too has more than one facet. After all a mother is a mother ! Whatever her adjective.
Ghar Aa Jaa Pardesi is a story of a step mother who dedicates her whole life caring for her step children and at the same time waiting for her husband who has gone to some foreign land. This is a story of her tragedy as well as her devotion and dedication.
Dev Joshan and Meghna Patel are the main characters of the film and so are the younger pair of Sikander Kharbanda and Kalpna Shah. Other stars of the film are Puspa Verma, Rohit Raj, Rani Singh, Sarita YAdav, Padm Singh Paras, Mahendra Yadav, Abhishek, Jai Prakash Singh,Seema Singh, Ranu Pandey, Raj Bahadur, Master Saurabh, Baby Arpita and Girish Sharma.
Producers - Vikas Datta Tyagi and Santosh Kumar
Director - Rajnish Kumar
Music Director - R.P.Thakur
Choreography - Kedar Subba
Cinematography - Heera Saroj
Executive Producer - Kamaldev
Source: Uday Bhagat, Mumbai. Ph. : 9967485359
मयभा महतारी के अच्छाई बतलावत फिलिम घर आ जा परदेसी
मयभा महतारी ना जाने कब से परायापन के दंश झेलत आ रहल बाड़ी, बाकिर हर चीज के एक से अधिका पहलू होला, आ महतारी हर हाल में महतारीये होले. आपन आ मयभा त कहे के बात हऽ.
घर आ जा परदेसी एगो अइसने महतारी के कहानी हऽ जे मयभा होखला का बावजूद अपना सौतेला बचवन के पाले पोसे आ देखरेख में आपन समूचा जिनिगी बीता देत बिया. ओह पर दइबा के खेल कि परदेस गइल पति के इन्तजार करत पूरा जिनिगी लाग जा ता. ओकरा एही भुलाइल भेंटाइल, त्याग बलिदान के कहानी हऽ घर आ जा परदेसी.
फिलिम के मूल पात्र देव जोशन आ मेघना पटेल के जोड़ी फिलिम के रीढ़ बा लोग. सिकन्दर खरबन्दा आ कल्पना शाह दूसरकी पीढ़ी के जोड़ी बा लोग. उहो लोग देखवइयहन के बन्हले राखी लोग. दोसर खास कलाकारन में पुष्पा वर्मा, रोहित राज, रानी सिंह, सरिता यादव, पद्म सिंह पारस, महेन्द्र यादव, अभिषेक, जय प्रकाश सिंह, सीमा सिंह, रानू पांडेय, राज बहादुर, मास्टर सौरभ, बेबी अर्पिता आ गिरीश शर्मा के नाम लिहल जा सकेला.
निर्माता - विकास दत्त त्यागी आ संतोष कुमार
निर्देशक - रजनीश कुमार
संगीत निर्देशक - आर पी ठाकुर
नृत्य निर्देशक - केदार सुब्बा
छायांकन - हीरा सरोज
कार्यकारी निर्माता - कमलदेव
उदय भगत, मुंबई. फोन 09967485359
