Your Ad Here

Hulla Bol on Dinesh Lal Yadav

Nirahua and Monalisa in Ho Gayni Diwana Tohre Pyar Me

Venue was the jungle ground of Film City, Goregaon. Parties of the fight were Dinesh Lal Yadav Nirahua and Monalisa on one side and a gang of more than a dozen hoodlums. Spectater corwds was waiting with abated breath for the ensuing fight.

Dinesh Lal takes a deep glance all over the ground like a batsman before hitting the ball over the boundary. He takes his heroine towards the waiting car. Suddenly the gang pounces upon them. Dinesh was prepared for it. He fights back with gusto. De dana dan...Hudlums are being beaten left and right. Dinesh moves towards the car with Monalisa in tow as the hudlums fall down one after another.

Suddenly a command reverbates in the air. cut ! And everything comes to normalcy. The whirring of the troly camera stops.The command was from fight master R.P.Yadav filming the shot for Sanjogita Films upcoming film, Ho Gayeeni Deewana Tohra Pyar Me, for Adi Shakti Enterprises.

After the shooting Dinesh Lal explained that usually this type of fight sce

ne is filmed in many parts and stitched later on. Naturally this compromises on spontaneoucity. Our fight master desired to shoot this sequence at one go. It was going to be tough, but he agreed to it and only after two rehearsals,he signalled the fight master to start filming.

Fight Master R.P.Yadav praised Dinesh Lal Nirahua for his eagerness to do every time some thing new. This was a typical example when everyone was waiting with abated breath for the shooting to be completed and once it completed applause ruptured the surroundings. Everyone including the Producer Alok Kumar, and Director Ajay Srivasatava was congratulating Nirahua by embracing him. Some one said after all, this is why Nirahua is called the Number One!.


दिनेश लाल यादव निरहुआ पर भइल हल्ला बोल

Nirahua and Monalisa in Ho Gayni Diwana Tohre Pyar Me

गोरेगांव मुंबई के फिल्मसिटी के जंगलवाला मैदान. भोजपुरिया फिलिमन के सुपर स्टार दिनेश लाल निरहुआ आ उनुका नायिका मोनालिसा के पनरह बीस गो गुण्डा घेरले बाड़न स. देखहीं से बुझात रहे कि अब मुकाबला होखहीं वाला बा. चारो तरफ तमाशबीन लोगन के भीड़. आगा बाड़े दिनेशलाल यादव आ पाछा खड़ा मोनलिसा. दिनेश एक हालि पूरा मैदान पर नजरि घुमावत बाड़न जइसे कवनो बल्लेबाज छक्का लगावे का पहिले फील्ड के मुआयना करे ला. फेर अपना नायिका के लेके गाड़ी का तरफ बढ़ चलत बाड़न. एही बीच गुण्डा हमला कर देत बाड़न स. दिनेशो के हाथ गोड़ चले लागऽता आ एक एक करके गुण्डा धराशायी होत जात बाड़े आ ऊ अपना नायिका का साथे गाड़ी ओरि बढ़ल जात बाड़े. पांच मिनट के मार कुटाई का बाद सभे गुण्डा जमीन पर पटा जात बाड़े आ दिनेश नायिका का साथे गारी ले चहुँप जात बाड़न. तलहीं आवाज गूंजत बा कट आ सबकुछ अचके में सामान्य हो जात बा, ट्राली पर चलत कैमरा रुक जात बा.

Nirahua and Monalisa in Ho Gayni Diwana Tohre Pyar Me

कट के ई आवाज रहुवे फाइट मास्टर आरपी यादव के जे संयोगिता फिल्म्स आ आदिशक्ति इंटरप्राइजेज के आवेवाली फिलिम हो गइनी दीवाना तोहरे प्यार में खातिर ई सीन फिल्मावत रहले.

बाद में दिनेशलाल यादव निरहुआ बतलवले कि ई जवन सीन रहुवे तवना के अमूमन कई टुकड़ा मिं फिल्मावल जाला आ बाद में स्टुडियो में बईठ के जोड़ल जाला. बाकिर ओकरा में ऊ मजा ना आ पावे. फाइटमास्टर आरपीयादव चाहत रहलन कि ई सीन एके हालि में फिल्मा लिहल जाव. जोखिम के काम रहुवे बाकिर ऊ हँ कह दिहलन आ दूइये गो रिहर्सल का बाद ई सीन फिल्मा लिहल गउवे.

फाइटमास्टर आरपी यादव से बात भइल त कहले कि ऊ निरहुआ का साथे बहुते फिलिम कर चुकल बाड़न. निरहुआ के खासियत हऽ कि हर फिलिम में कुछ नया कर देखावे खातिर बेचैन रहेलन. जब ई शूटिंग होत रहुवे त अगल बगल का सेट पर हो रहल शूटिंग छोड़ के लोग एह सीन के देखे खअतिर जुट गइल रहे. हर केहू सांस रोक के सीन पूरा होखे के इन्तजार करत रहुवे आ जसहीं सीन पूरा भउवे आ हर केहू निरहुआ के अँकवारी भर के बधअई देबे लागल.

शूटिंग का समय फिलिम के निर्माता आलोक कुमार आ निर्देशक अजय श्रीवास्तवो कट सुने के इन्तजार करत रहलन. बधाई देबे वालन में उहो लोग रहुवे. एही से नू निरहुआ के नम्बर वन भोजपुरी स्टार कहल जाला !

अशोक भाटिया, Total Media People, Mumbai. Ph.