Hum Hain Khalanayak
Hum Hai Khalnayak is a better than average film and is full of action and family drama. Its story revolves around the property dispute arising between a out of marriage son of a landlord, Manoj Tiwari, and the official heir Gaurav Ghai. The film takes a nice turn with the arrival of Jacky Shroff who leaves a good impression despite his short role.
Manoj Tiwari has done justice to his negative role in the film. Moanlisa and Shabnam look attaractive, and other actors have given satisfactory performance. Story dialogue and song is of average standard and so is the music.
But with the impressive job done by the director K.D. the film has proved to be a super hit on the box-offices and will establish the producer in the industry.

(Independent review)
Cast and Crew
- Banner : Uday Shankar Production
- Presented by : Sai Cinevision (Sumeet Verma)
- Producer : Uday Shankar
- Director : K.D.
- Lyrics : Vinay Bihari
- Story : Aadesh K.Arjun
- Music : Dhananjay Mishra
- Choreography : Rajiv Dinkar and Dilip Mistri
- Camera : Firoz Shekh
- Artists : Manoj Tiwari Mridul, Jacky Shroff, Monalisa, Swati Verma, Prakash Jaish, Gaurav Ghai, Zafar Khan, Shabnam Kapoor, Arjun Singh, Vijay Naiyyar, Aditya Giri, and Anuj Shankar.
Source: Ranjan Sinha Patna. Ph. : 09934907699 and Shashikant Singh, Mumbai. Ph.: 9322411335, 9833295806
हम हई खलनायक
देखे लायक फिलिम
हम हईँ खलनायक एक्शन से भरपूर फेमिली ड्रामा वाली फिलिम हऽ जवना में मनोज तिवारी निगेटिव किरदार में देखे के मिलल त जैकी श्राफ के भोजपुरी पारी के शुरुआत देखे के मिलल. कहानी के मुख्य पात्र छैनू मनोज तिवारी एगो जमींदार आ नाचेवाली के प्रेम से जनमल औलाद बा. बाप एही चलते परिवार से निकाल दिहल गइल रहे. कहानी एही चलते उपजल पारिवारिक संपत्ति में हिस्सेदारी के झगड़ा के बा. छैनू के दादा ओकरा के संपत्ति में बखरा देबे के तईयार नइखन आ दोसरका पोता मोहन गौरव घई के वारिस मानत बाड़े. छैनू एही चलते ओकरा हर डेग पर बाधा बन के खाड़ हो जा ता. बाद में गंगा जैकी श्राफ का अइला का बाद कहानी में एगो नया मोड़ आ जात बा.
छोटहने भूमिका में जैकी श्राफ आपन असर छोड़ देत बाड़े. मनोजो निगेटिव किरदार में जँचत बाड़न. गौरव आ प्रकाश जैस के कामो निमने बा. मोनालिसा खूबसूरत आ शबनम कपूर आकर्षक लउकल बाड़ी. सहयोगी कलाकारनो के काम बढ़िया बा. कहानी पटकथा आ संवाद सामान्य स्तर के बा. विनय बिहारी के गीत ठीके बा आ धनंजय मिश्रा के संगीतो साधारण बा. ले दे के फिलिम सामान्य बनल बा बाकिर निर्माता उदय शंकर एह फिलिम का सफलता से फिल्मोद्योग में स्थापित हो जइहें. भोजपुरी सिनेमा के प्रशंसनीय निर्देशकन में गिनाये वाला निर्देशक के डी सराहे लायक काम कइले बाड़न.
(स्वतंत्र समीक्षा)
कलाकार फिल्मकार
- बैनर : उदय शंकर प्रोडक्शन
- प्रस्तुति : साईं सिनेविजन (सुमित वर्मा)
- निर्माता : उदय शंकर
- निर्देशक : के. डी.
- गीतकार : विनय बिहारी
- कहानी : आदेश के अर्जुन
- संगीतकार : धनंजय मिश्रा
- नृत्य निर्देशक : राजीव दिनकर आ दिलीप मिस्त्री
- छायाकार : फिरोज शेख
- कलाकार : मनोज तिवारी मृदुल, जैकी श्राफ, मोनालिसा, स्वाति वर्मा, गौरव घई, प्रकाश जैस, जफर खान, शबनम कपूर, अर्जुन सिंह, विजय नैयर, आदित्य गिरी, आ अनुज शंकर
स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806 आ रंजन सिन्हा, पटना. फोन 09934907699
