Your Ad Here

Hum Hain Hero Hindustani

Recently I was at the location shooting of Hum Hain Hero Hindustani at National Medical College campus in the Birganj town of Nepal. The shooting under progress was a fight scene among villain Shahbaj Khan and his gang on one side and the lone heroine on the other side. Cameraman Rajeev Thaapa was busy creating frames for the shooting while Fight Master Raushan Shreshtha was discussing some scene with the director Mano Narain.

Rekha Thapa in Hero Hindustani

Manoj Narain told that this is his second film after successfully directing Sas Nanad Bhaujai which became popular on release. According to Manoj films succeed on the strength of story lyrics and music, and not by big star names. The success of Sas Nanad Bhaujai has proved his saying.

Majority of the cast in Hum Hain Hero Hindustani are from Bihar. While the wellknown names are, Shakti Kapoor, Shahbaaz Khan, Biraj Bhatta, Rekha, Nandu Shrivastava, Mithila Sharma, Shubhiksha, Ranjani Utpreti and Binay Bihari.

Producers : Shamim Akhtar and Hausala Prasad

Writer and Director : Manoj Narayan

Cameraman : Rajesh Thaapa

Lyrics : Binay Bihari and Nawal Kishore

Music : Rajesh Gupta

Action : Roshan Seth.

Source: Uday Bhagat, Mumbai. Ph. : 09967485359


हम हईं हीरो हिन्दुस्तानी

नेपाल का वीरगंज शहर के नेशनल मेडिकल कालेज में मनोज नारायण का निर्देशन में बनत हम हईं हीरो हिन्दुस्तानी के शूटिंग में भारी भीड़ जुटल रहे. देखनी कि कैमरा मैन राजीव थापा खलनायक शहबाज खान के गुर्गन आ हीरोइन रेखा थापा के फाइट सीन कैमरा में कैद करे खातिर फ्रेम तईयार करे में लागल रहलन. फाईट निर्देशक रौशन श्रेष्ठ निर्देशक मनोजनारायण का साथे कुछ सीन डिस्कस करत रहलन. फ्रेम तइयार भईल आ सीन शुरु हो गइल.

बाद में बातचीत में मनोज नारायण बतलवलन कि ई उनुकर दूसरकी फिलिम हऽ. एकरा पहिले ऊ सास ननद भौजाई के निर्देशित कर चुकल बाड़े जवन हिट भइल रहे आ दर्शकन के निमन लागल रहे. ई फिलिम लीक से तनी हट के बा आ उनुका पूरा उम्मेद बा कि इहो लोगन के पसन्द आई. कहलन कि फिलिम कहानी आ गीत संगीत पर चलेले, बड़का सितारन से ना. नन स्टार कास्ट फिलिम सास ननद भौजाई एह बात के साबित कर चुकल बा.

पंकज शमीम फिल्म प्रोडक्शन का बैनर तले बनत एह फिलिम के नब्बे फीसदी कलाकार बिहारी हवें.

मुख्य किरदारन में शक्ति कपूर, शहबाज खान, बिराज भट्ट, रेखा, नन्दू श्रीवास्तव, मिथिला शर्मा, शुभिक्षा, रंजनी उतप्रेती आ बिनय बिहारी बाड़े.

निर्माता शमीम अख्तर आ होसला प्रसाद

लेखक निर्देशक मनोज नारायण

कैमरा मैन राजीव थापा

गीतकार विनय बिहारी आ नवल किशोर

संगीतकार राजेश गुप्ता

एक्शन रौशन सेठ

स्रोत : उदय भगत, मुंबई. फोन 09967485359