Your Ad Here

Jogi Ji Dheere Dheere

On the banks of Action Comedy

A new wind is blowing through the corridors of Bhojpuri Cinema. New artists, new technicians are showing their new talent. One of such teams is that of Bhojpuri rector Tariq Ezaz, Rashid Khan, Priya Singh, Sikandar Kharbanda, Kalpna Shah, Pawan Singh and Priyanka Moitra for the Bhojpuri Film Jogi Ji Dheere Dheere produced by T.E.Films.

A scene from Jogi Ji Dheere Dheer

Tariq has added all the popular flavours in this film and now it is for the viewers to pick up which flavour they like. The film has got action, suspence, romance, drama, emotion every thing you may look for.

Jogi Ji Dheere Dheere is the story of three friends. One pedals rickshaw after completing his education, other tries all the tricks to become rich in a short time, while the third has came back after twelve years changed as a Baba. Whole film runs on their stories.

Sikandar, Pawan, and Rashid, all three have done well in the film but Rashid shines with his own style. Hope he turns into the popular action star of Bhojpuri Cinema.

Lyrics of Bipin Bahar and Mahesh Jha are good and the music by Rajesh Gupta is lovely. Story of the film is good and so is the photography by Heera Saroj.

Source: Uday Bhagat, Mumbai. Ph. : 09967485359


जोगीजी धीरे धीरे

एक्शन कामेडी के तीरे तीरे

भोजपुरी सिनेमा का गलियारन में अब नया बयार बहे लागल बा. नया कलाकार, नया तकनीशियन आपन नया नया कमाल देखावे लागल बाड़न जा. अइसने एगो नया टीम बा निर्देशक तारिक एजाज, राशिद खान, प्रिया सिंह, सिकन्दर खरबंदा, कल्पना शाह, पवन सिहं, आ प्रियंका मोइत्रा के. टी ई फिल्म्स के प्रस्तति जोगी जी धीरे धीरे खातिर. तारिक एहमें हर तरह के मसाला डाल दिहले बाड़न कि जेकरा जवन सवाद निमन लागो ऊ ले जाव. एह में एक्शन बा, रोमांस बा, रोमांच बा, ड्रामा बा, इमोशन बा... का का ना बा !

तीन गो दोस्त के कहानी बा जोगी जी धीरे धीरे में. एक पढ़ लिख के रिक्शा चलावात बा, दोसरका हर महीना आपन धंधा बदलत बा, तीसरका बारह बरिस के बनवास का बाद बाबा बनि के लवटल बा. एही तीनो के कलाकारी से बनल बा फिलिम जोगी जी धीरे धीरे.

सिकन्दर, पवन आ राशिद तीनो आपन आपन किरदार निमना से कइले बाड़े बाकिर राशिद खान के अंदाजे कुछ अलग रहल बा एह फिलिम में. आवे वाला दिन में ऊ भोजपुरी के नया एक्शन स्टार बन के उभर सकेलें.

बिपिन बहार आ महेश झा के लिखल गाना निमन बाड़ी सन आ राजेश गुप्ता के संगीत सुने लायक आ गुने लायक. डा॰राजेश पांडे के कहानी आ हीरा सरोज के छायांकनो नीक लागल.

स्रोत : उदय भगत, मुंबई. फोन 09967485359