Durgesh Nandini plays the role of Radha
in Bhojpuri Film Kishan-Arjun
Famous actress Rinku Ghosh, popularly known as Durgesh Nandini, plays the lead role of Radha in Bhojpuri Film Kishan-Arjun going to be released soon. She thanks Sunil Boobna for selecting her for this role after a careful thinking.
Sunil Boobna, the showman of Bhojpuri Cinema, is starting his new carreer as a director with this film. He has selected the best talent for all the seven important sectors of film making of this film. Majority of the stars of the film are from Bihar.
Source : Shashikant Singh, Mumbai. Ph. 9322411335
दुर्गेशनन्दिनी रिंकू घोष बनली राधा
भोजपुरी फिलिम किशन अर्जुन में
दुर्गेशनन्दिनी का नाम से जानल जाये वाली मशहूर अदाकारा रिंकू घोष सुनील बुबना के बनावल आ निर्देशित भोजपुरी फिलिम किशन अर्जुन के राधा बनल बाड़ी. कहली कि ऊ सुनील बुबना के आभारी बाड़ी जे अतना बढ़िया रोल खातिर उनुकर चयन कइलन.
सुनील बुबना अपनहूं एह फिलिम से बतौर निर्देशक आपन एगो नया कैरियर शुरु कर रहल बाड़न. एह फिलिम खातिर फिल्म निर्माण से जुड़ल सात गो विभाग खातिर सर्वश्रेष्ठे के लिहले बाड़े. फिलिम के अस्सी फीसदी कलाकार बिहार के बाड़े.
स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन 9322411335
