Your Ad Here

Abhay Sinha Announces Three More Films

Bhojpuri Film Producer Abhay Sinha of Yashi Films

King of Bhojpuri Cinema Abhay Sinha has announced three new Bhojpuri Films under the banner of his film company Yashi Films. Last year, in 2008, his Bhojpuri Film Hum Bahubali was a superhit and hope these new films too shall prove their worth on the box offices.

These films are,

  • Anmol Rishta, directed by Aslam Sheikh and Jubilee Star of Bhojpuri Cinema Dinesh Lal Yadav Nirahua will be in the lead role
  • Bandhan Janam Janam Ka, directed by Arshad Khan, and
  • Ran Bhumi, directed by Anil Ajitabh who has earlier directed Hum Bahubali.

Castings for all these three films are yet to be finalised.

Recently, shooting has been completed for his another film Chandu Ki Chameli and post production work is under progress.

Source: Prashant-Nishant, Mumbai and Patna, Phones : 09934208664 / 09967996624


अभय सिन्हा कइलन तीन गो नया फिलिमन के एलान

Bhojpuri Film Director Anil Ajitabh

भोजपुरी सिनेमा के किंग कहाये वाला निर्माता अभय सिन्हा अपना प्रोडक्शन कम्पनी यशी फिल्म्स का बैनर में तीन गो नया फिलिम शुरु करे के एलान कइले बाड़न.

पिछला साल २००८ में उनुकर बहुचर्चित फिलिम बाहुबली के मिलल अपार सफलता का बाद जवना फिलिमन के एलान कइले बाड़े ओकनी के नाम हऽ अनमोल रिश्ता, बन्धन जनम जनम के, आ रण भूमि.

अनमोल रिश्ता के निर्देशन असलम शेख करीहन आ एहमें भोजपुरी सिनेमा के जुबिली स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ खास किरदार में होखिहन.

बन्धन जनम जनम के के निर्देशन अरशद खान करीहन.

तीसरकी फिलिम रण भूमि के निर्देशन अनिल अजिताभ करीहन. तीनो फिलिमन खातिर कलाकारन के चयन के काम चल रहल बा.

अबहीं हालही में अभय सिन्हा के फिलिम चन्दू की चमेली के शूटिंग खतम भईल बा.

प्रशान्त निशान्त, इंटरटेंमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624