Your Ad Here

Monalisa : Star Actress of Bhojpuri Cinema

Monalisa : Star Actress of Bhojpuri Cinema.

As Bollywood is shining with Bengali Actresses, another Bengali actress Monalisa is ruling over the soul and mind of Bhojpuri Cine-goers. Monalisa belongs to Kolkata but she started her carreer with Bhojpuri Film - Kaha Jaeeba Raja Najariya Lada Ke - in year 2004 and since then she has never looked back.

Released Bhojpuri Films starring Monalisa include Sriman Driver Babu, Tu Babua Hamar, Bhole Shankar, Hum Bahubali, Dulha Albela, and Pratigya whereas those going to be released include Khatailal Mithai Lal, Ho Gayeeni Diwana Tohra Pyar Mein, Jare Me Balma Pyaraa Lage, Chedi Ganga Kinare Wala, Bhojpuria Don, Bagalwali Jaan Mareli, etc.

Monalisa has also acted in many Hindi films including Toba-Toba, Zalwa- a fun of love, Bobby, Blackmail, Ab Bas, and A Chatur Naar.

Monalisa expresses her gratitude for the love and affection of her fans.

Source: Prashant-Nishant, Mumbai and Patna, Phones : 09934208664 / 09967996624


भोजपुरी के स्टार अदाकारा मोनालिसा

बालीवुड में जवना तरह बंगाली बाला राज करत बाड़ी सन ठीक ओहि तरह भोजपुरी दर्शकन का दिल पर राज कर रहल बाड़ी बंगाली अदाकारा मोनालिसा. जी हँ, मोनालिसा कलकतिया हई. बाकिर अब दर्शकन के के कहो, निर्देशकनो के पहिलका पसन्द बन चुकल बाड़ी. सन् २००४ में कहाँ जइबऽ राजा नजरिया लड़ाई के से अपना कैरियर के शुरुआत कइले रहली मोनालिसा. एह फिलिम में उनुकर अतना प्रशंसा भईल कि ओकरा बाद मोनालिसा कबो पाछा मुड़ के ना तकली.

मोनालिसा के अबले जवन फिलिम रिलीज हो गइल बाड़ी स तवना में श्रीमान ड्राइवर बाबू, तू बबुआ हमार, भोले शंकर, हम बाहुबली, दुल्हा अलबेला, आ प्रतिज्ञा बाक्स आफिस पर लाजवाब रहल बाड़ी सन.

तौबा तौबा से हिन्दी सिनेमा में अपना कैरियर के शूरुआत कर के मोनालिसा कई गो दोसरो फिलिमन में आ चुकल बाड़ी. जलवा ए फन आफ लव, बॉबी, ब्लैकमेल, अब बस, आ एक चतुर नार प्रदर्शितो हो चुकल बाड़ी सऽ.

उनुकर भोजपुरी में आवे वाली फिलिम बाड़ी सऽ खटाईलाल मिठाईलाल, हो गईनी दीवाना तोहरा प्यार में, जाड़े में बलमा प्यारा लगे, छेदी गंगा किनारेवाला, भोजपुरिया डॉन, बगलवाली जान मारेली, तू ही मोर बालमा, आ शहर वाली जान मारे ली.

दर्शकन से मिलल प्यार आ समर्थन खातिर मोनालिसा आपन आभार जतवले बाड़ी.

प्रशान्त निशान्त, इंटरटेंमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624