Your Ad Here

Bhojpuri Cinema gets a pure Bhojpuria Actress

The lead actress drawing the crowds in Bihar nowadays is Pratibha Pandey. Her film Sajna Sajai Da Mang is drawing big crowds in theatres of Bihar these days.

Pratibha Pandey : The real Bhojpuria Actress of Bhojpuri Cinema

Pratibha Pandey is the only actress from Bhojpuria belt at present working in Bhojpuri Films and her natural Bhojpuria accent and style is making her the darling of the masses. She has starred in many films including Vidhaata. She will be seen in her next film Jai Ho Dulhe Raja very soon. Vinay Anand is her hero in the film.

Producer and Director of Sajna Sajai Da Mang Shridhar Shetty claims that he makes film on unbeaten tracks and that brings him success.

Source :Shashikant Singh from Mumbai.(Ph.9322411335)


हीरोइन त बहुते बाड़ी बाकिर खाँटी एके गो...

बिहार में आजुकाल्ह जवना हीरोइन के जोर चल रहल बा ऊ बाड़ी खाँटी भोजपुरिया हीरोइन प्रतिभा पांडे. उत्तरप्रदेश के बलिया जिला के रहेवाली प्रतिभा पांडे के फिलिम सजना सजाई द मांग बिहार का थियेटरन में धूम मचा के रखले बिया. एह फिलिम में प्रतिभा के नायक बाड़े भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार रविकिशन आ साथ में बाड़ी बोल्ड गर्ल पाखी हेगडे.

Pratibha Pandey : The real Bhojpuria Actress of Bhojpuri Cinema

प्रतिभा पांडे भोजपुरी बेल्ट के अकेला नायिका बाड़ी जे भोजपुरी फिलिमन में काम कर रहल बाड़ी. आ उनुकर खांटी भोजपुरिया अन्दाज देखनिहारन के पसन्दो आ रहल बा. प्रतिभा पांडे विधाता समेत कई गो फिलिम में काम कर चुकल बाड़ी. उनुकर एगो आउरी फिलिम जय हो दूल्हे राजा जल्दिये परदा पर आवे वाली बा जवना में उनकर नायक बाड़न विनय आनन्द.

सजना सजाई द मांग फिल्म के निर्माता आ निर्देशक श्रीधर शेट्टी के कहनाम बा कि लीक से हटल फिलिम बनावल उनकर शौक हऽ आ इहे शौक उनका के सफलता दिलवावेले.

स्रोत : :शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन 9322411335