Ritu Pandey becomes lead actress.
Wellknown face of Bhojpuri Cinema, though in non-leading roles, Ritu Pandey is now doing lead role in Bhojpuri Film Gharwa Videsh Lagela Produced by Bhagwan Mali and Directed by Ashok Chakravarty. A big Star is cast as the hero of the film.
Ritu Pandey has earlier acted in Gavanva Le Ja Raja Ji, Nirahua Chalal Sasural, Gaon ka Or, Kangna Khanke Piya Ke Angna etc. Talks are undergoing for yet another two films under big banners with her as the lead actress.
Ritu Pandey is willing to expose herself as per the likings of the viewers but not the voeyuers. Her forthcoming films are - Ho Gayeeni Diwana Tohra Pyar Me, He Ram, Hindi Films Dhadhak and Fans Gaya Yaar.
Ritu hopes to strike a cord with the cinegoers to her advantage.
Source: Prashant-Nishant, Mumbai and Patna, Phones : 09934208664 / 09967996624
नायिका बन गइली रीतू पाण्डे
भोजपुरी सिनेमा के मशहूर कलाकार का रुप में जानल पहिचानल जाये वाली रीतू पाण्डे अब फिलिम के नायिका का रूप में परदा पर आवे वाला बाड़ी. फिलिम के नाम हऽ घरवा विदेश लागेला. जवना के निर्माता भगवान माली आ निर्दशक अशोक चक्रवर्ती बाड़े, साथ में नायक का रुप में एगो बड़हन स्टार रहीहन.
रीतू पाण्डे एकरा पहिले गवनवा ले जा राजा जी, निरहुआ चलल ससुराल, गाँव का ओर, कँगना खनके पिया के अँगना जइसन फिलिमन में काम कर चुकल बाड़ी. बड़ बैनर के दू गो आउरी फिलिमन में उनुका के नायिका राखल जाये खातिर बात चल रहल बा.
रीतू कहली कि देह देखावल ओतने मंजूर करीहन जतना कि देखनिहार पसन्द करसु. रीतू पाण्डे के आवे वाली फिलिमन में हो गइनी दीवाना तोहरा प्यार में, हे राम, आ हिन्दी फिल्म धधक आ फँस गया यार बाड़ी स. रीतू के पूरा उमेद बा कि दर्शक उनुका के पसन्द करीहन.
प्रशान्त निशान्त, इंटरटेंमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624
