Sudip Pandey shows his enthralling action
Action Star of Bhojpuri Cinema Sudip Pandey has once again shown his acting and action skills in Bhojpuri Film Daroga Ji Chori Ho Gayeel. Produced under the banner of Ishan Entertainment this film shows Sudip Pandey in the role of a Mukhiya (village head). As per its PRO Prashant-Nishant the film will be released on 12th Feb in Bihar and Jharkhand territories.
Sudip Pandey has shown his action in Bhojpuriya Bhaiya and Bhojpuriya Daroga released earlier.
Source: Prashant-Nishant, Mumbai and Patna, Phones : 09934208664 / 09967996624
सुदीप पाण्डे के जोरदार एक्शन दरोगा जी चोरी हो गईल में

भोजपुरी सिनेमा के एक्शन स्टार का रूप में मौजूद अभिनेता सुदीप पाण्डेय के शानदार एक्शन आ हैरत में डालेवाला कारनामा जल्दिये भोजपुरी सिनेमा का परदा पर आवे वाला बा. सुदीप पाण्डे के ई नया अवतार दर्शकन के दरोगा जी चोरी हो गईल में देखे के मिली.
इशान इन्टरटेन्मेंट का बैनर तरे बनल एह फिलिम में सुदीप पाण्डे मुखिया का भूमिका में बाड़े. फिलिम के प्रचारक प्रशान्तनिशान्त का मुताबिक फिलिम १२ फरवरी से बिहार झारखण्ड का सिनेमा हालन में रिलीज होखे जा रहल बा. सुदीप पाण्डेय एकरा पहिलहूँ भोजपुरिया भईया आ भोजपुरिया दारोगा में एक्शन स्टार का रुप में धमाल मचा चुकल बाड़न.
प्रशान्त निशान्त, इंटरटेंमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624
